Jump to content

अमेजन (कंपनी)

विकिपीडिया से
Amazon.com, Inc.
Amazon
FormerlyCadabra, Inc. (1994–1995)
Typeपब्लिक कंपनी
ISINUS0231351067
Industry
Foundedजुलाई 5, 1994; 32 साल पहिले (1994-07-05), बेलेव्यू, वॉशिंगटन, अमेरिका में
Founderजेफ बेजोस
Headquarters
सिएटल, वॉशिंगटन, आ आर्लिंगटन काउंटी, वर्जीनिया
,
अमेरिका
Area served
दुनिया भर
Key people
  • जेफ बेजोस (एग्जीक्यूटिव चेयरमैन)
  • एंडी जैसी (प्रेसिडेंट आ सीईओ)
Products
Services
RevenueIncrease US$716.9 अरब डॉलर (2025)
Increase US$79.98 अरब डॉलर (2025)
Increase US$77.67 अरब डॉलर (2025)
Total assetsIncrease US$818.0 अरब डॉलर (2025)
Total equityIncrease US$411.1 अरब डॉलर (2025)
Ownerजेफ बेजोस (8.8%)
Number of employees
1,576,000 (2025)
Subsidiaries
Websiteamazon.com
Footnotes
[1][2][3]

अमेजन.कॉम, इंक. (अंग्रेजी: Amazon.com, Inc.), जे आमतौर प अमेज़न (अंग्रेजी: Amazon के नाँव से बिबिध बिजनेस करे ला, अमेरिका के एगो मल्टीनेशनल टेक्नोलॉजी कंपनी बा, जे ई-कॉमर्स, क्लाउड कंप्यूटिंग, ऑनलाइन एडवर्टाइजिंग, डिजिटल स्ट्रीमिंग, एंटरटेनमेंट आ आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस के क्षेत्र में काम क रहल बाटे। एकर अस्थापना 1994 में जेफ बेजोस वॉशिंगटन के बेलेव्यू में कइले रहलें। कंपनी के शुरुआत ऑनलाइन किताब बेचे वाला मार्केटप्लेस के रूप में भइल रहे, बाकिर धीरे-धीरे ई लगभग हर तरह के कंज्यूमर प्रोडक्ट आ कई दूसर कैटेगरी तक पसर गइल आ अब अपना के "द एवरीथिंग स्टोर" (मने कि हर चीज के दुकान) के रूप में पेश कइ रहल बाटे।

2026 तक के हालिया आँकड़ा देखल जाय त अमेजन दुनिया के सबसे बड़ ऑनलाइन रिटेलर कंपनी बाटे। अमेजन किताब, इलेक्ट्रॉनिक्स, दवाई, कार के पार्ट्स, वीडियो गेम, डाइनिंग प्रोडक्ट, गहना, खाना, म्यूजिक आ खेल के सामान बेचेला।

कंपनी के कई सब्सिडियरी बाड़ी स। एह में अमेजन वेब सर्विसेज (AWS) शामिल बा, जे क्लाउड कंप्यूटिंग के सेवा देला; जूक्स, जे सेल्फ-ड्राइविंग कार के क्षेत्र में काम करेला; सैटेलाइट इंटरनेट प्रोवाइडर कुइपर सिस्टम्स; आ अमेजन लैब126, जे कंप्यूटर हार्डवेयर के रिसर्च आ डेवलपमेंट करेला। दूसर सब्सिडियरी में रिंग, ट्विच, IMDb आ किराना कंपनी होल फूड्स मार्केट शामिल बाड़ी। अमेजन अपना अमेजन प्राइम वीडियो, एमजीएम+, अमेजन म्यूजिक, ट्विच, ऑडिबल आ वंडरी यूनिट के माध्यम से डाउनलोड करे लायक आ स्ट्रीमिंग कंटेंट उपलब्ध करावे ला। ई अमेजन पब्लिशिंग के माध्यम से किताब प्रकाशित करेला। अमेजन एमजीएम स्टूडियोज के माध्यम से फिल्म आ टेलीविजन कंटेंट बनावेला आ वितरित करेला, जवना में मेट्रो-गोल्डविन-मेयर स्टूडियो भी शामिल बा। अमेजन ब्रिलिएंस ऑडियो आ ऑडिबल के भी मालिक ह, जे क्रमशः ऑडियोबुक बनावेला आ वितरित करेला। अमेजन कंज्यूमर इलेक्ट्रॉनिक्स के समान भी बनावेला। एकरा प्रमुख प्रोडक्ट में किंडल ई-रीडर, इको डिवाइस, फायर टैबलेट आ फायर टीवी शामिल बाड़ें।

अमेजन के बारे में मानल जाला कि नवाचार (इनोवेशन) आ अपना मुनाफा (प्रॉफिट) के आक्रामक ढंग से दोबारा निवेश करे के वजह से ई इंडस्ट्री में बदलाव ले आवे वाली कंपनी ह। 2023 तक ले के आँकड़ा के मोताबिक ई दुनिया के सबसे बड़हन ऑनलाइन रिटेलर आ ऑनलाइन मार्केटप्लेस, स्मार्ट स्पीकर के सबसे बड़ प्रोवाइडर, एडब्लूएस के जरिए क्लाउड कंप्यूटिंग सर्विस के सबसे बड़ प्रोवाइडर, ट्विच के जरिए लाइव-स्ट्रीमिंग सर्विस के सबसे बड़ प्रोवाइडर आ आमदनी आ मार्केट शेयर के हिसाब से सबसे बड़ इंटरनेट कंपनी रहे। 2021 में ई वॉलमार्ट के पाछे छोड़ के चीन के बाहर दुनिया के सबसे बड़ रिटेलर बन गइल। एकरा में एकर सब्सक्रिप्शन प्लान अमेजन प्राइम के योगदान रहे, जेकर दुनिया भर में 20 करोड़ सब्सक्राइबर रहलें। 2024 तक ले के जानकारी देखल जाव त आमदनी (रेवेन्यू) के हिसाब से ई वॉलमार्ट कंपनी के बाद अमेरिका के दुसरकी सबसे बड़ कंपनी रहे, जबकि 2026 आवत-आवत आमदनी के हिसाब से ई दुनिया के सबसे बड़ कंपनी बन गइल बाटे। अमेरिका में ई प्राइवेट सेक्टर के दुसरकि सबसे बड़ रोजगार देवे वाली कंपनी बन गइल बाटे। अक्टूबर 2024 तक अमेजन दुनिया के 12वीं सबसे बेसी विजिट होखे जाए वाली वेबसाइट रहे आ एकरे कुल ट्रैफिक के 84 परसेंट ट्रैफिक अकेल्ले अमेरिके से आवत रहे।

अमेजन के एकरा बिजनेस के तरीका खातिर आलोचनो झेले के पड़ल बा। एह आलोचना में निगरानी (सर्विलांस) से जुड़ल साझेदारी, खराब कामकाजी हालत, यूनियन के खिलाफ कई तरह क कोसिस, पर्यावरण के नोकसान, कंपटीशन-बिरोधी बेहवार, सेंसरशिप से जुड़ल बिबाद आ छोटहन बिजनेस आ सप्लायरन के संघे शोषणकारी तरीका से बेहवार करे के आरोप शामिल बाड़ें।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. ↑ "कैलिफोर्निया सेक्रेटरी ऑफ स्टेट बिजनेस सर्च". कैलिफोर्निया के सेक्रेटरी ऑफ स्टेट. Archived from the original on February 23, 2018. Retrieved October 26, 2018.
  2. ↑ "Amazon.com, Inc. 2026 प्रॉक्सी स्टेटमेंट". अमेरिकी सिक्योरिटीज एंड एक्सचेंज कमीशन. April 9, 2026. Retrieved June 21, 2026.{{cite web}}: CS1 maint: url-status (link)
  3. ↑ Reuter, Dominick (July 30, 2021). "हर 153 अमेरिकी कामगार में से 1 अमेजन के कर्मचारी बा". Business Insider. Archived from the original on February 3, 2022. Retrieved February 4, 2022.