क्वांटम कंप्यूटिंग
क्वांटम कंप्यूटिंग एगो नया उभरत (इमर्जिंग) टेक्नोलॉजी बाटे, जे जटिल समस्या सभ के समाधान खातिर क्वांटम भौतिकी के नियमन के इस्तेमाल करे ला।[1] क्वांटम कंप्यूटर कौनों असली चाहे सैद्धांतिक कंप्यूटर हवे, जे मूल रूप से क्वांटम मैकेनिक्स के घटना आ नियम सभ, जइसे सुपरपोजीशन आ एंटैंगलमेंट, के इस्तेमाल करे ला। ऐसन मानल जा रहल बाटे कि क्वांटम कंप्यूटर कुछ गणना अतना तेजी से क सके ला, जवन कवनो पारंपरिक (क्लासिकल) कंप्यूटर खातिर संभवे नइखे।[1] एकर कारण ई बा कि पारंपरिक कंप्यूटर जहाँ बिट के इस्तेमाल लें - जे खाली 0 आ 1 के रूप में वेलू स्टोर क सके ला; ओहिजा क्वांटम कंप्यूटर क्वांटम बिट (क्यूबिट) के इस्तेमाल करेला। क्यूबिट के खासियत ई बा कि ऊ एके समय में कई अवस्था में मौजूद रह सकेला, जे क्वांटम कंप्यूटिंग के असाधारण क्षमता के आधार बनावेला।[1]
उदाहरण खातिर, बड़हन पैमाना पर बनल क्वांटम कंप्यूटर कुछ व्यापक रूप से इस्तेमाल होखे वाली एन्क्रिप्शन सिस्टम सभ के तूर सके ला आ भौतिकी के बैज्ञानिकन के जटिल भौतिक प्रक्रिया सभ के सिमुलेशन करे में मददगार हो सके ला। हालाँकि, आज के समय में क्वांटम कंप्यूटिंग के हार्डवेयर इंप्लीमेंटेशन अभिन ले अधिकतर प्रयोगात्मक अवस्था, मने की एक्सपेरिमेंट वाला फेज, में बा आ अभिन ले मुख्य रूप से कुछे खास तरह के कामन खातिर उपयुक्त मानल जा रहल बाटे। एही तरीका से क्वांटम एल्गोरिदम अबहिन रिसर्च वाला सुरुआती फेज में बाटे।[1]
संदर्भ
[संपादन करीं]- 1 2 3 4 Schneider, Josh; Smalley, Ian (10 June 2025). "What Is Quantum Computing?". IBM. Retrieved 3 June 2026.
| ई कंप्यूटर बिज्ञान-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |