कंप्यूटर हार्डवेयर
कंप्यूटर हार्डवेयर (अंग्रेजी: computer hardware), जेकरा के आमतौर पर खाली हार्डवेयर कह दिहल जाला, कंप्यूटर के सभे भौतिक (छूवल जा सके लायक) हिस्सा सभ के कहल जाला। एह में सेंट्रल प्रोसेसिंग यूनिट (सीपीयू), रैंडम एक्सेस मेमोरी (रैम), मदरबोर्ड, डेटा स्टोरेज, ग्राफिक्स कार्ड, साउंड कार्ड आ कंप्यूटर केस शामिल बाड़ें। एकरा अलावा मॉनिटर, माउस, कीबोर्ड आ स्पीकर जइसन बाहरी उपकरण (एक्सटर्नल डिवाइस) भी हार्डवेयर के हिस्सा मानल जालें।
एह के उलट, सॉफ्टवेयर लिखल गइल इंस्ट्रक्शन सभ के एकट्ठा रूप होला, जवना के हार्डवेयर पर सहेजल आ चलावल जा सकेला। हार्डवेयर नाम एह कारण पड़ल कि एह में बदलाव कइल आसान ना होला, जबकि सॉफ्टवेयर के आसानी से बदलल जा सकेला। आमतौर पर हार्डवेयर, सॉफ्टवेयर से मिलल आदेश भा निर्देश के पालन करके काम करेला। हार्डवेयर आ सॉफ्टवेयर के मेल से एगो उपयोगी कंप्यूटिंग सिस्टम बनेला, हालाँकि कुछ अइसन सिस्टम भी मौजूद बाड़ें, जवना में खाली हार्डवेयरे के इस्तेमाल होला।
| ई कंप्यूटर-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |